भारतीय गांव
 |
Bhojpuri Speech |
पांच लाख अठ्ठत्तर हजार चार सौ तीस गॉव बा भारत में। ई गांव में पछत्तर करोड़ आबादी बसेलन। ई पचहत्तर करोड़ आवादी में से लगभग अड़तालीस प्रतिशत आवादी गरीबी रेखा के निचे बारन। ( दैनिक हिंदुस्तान, रविवार, अगस्त १०, २०१० के अनुसार। पंचायती राज अधिनियम के बाबजूद ग्रामीण भारत मुट्ठी भर सामंतो के द्वारा नियंत्रित हो रहलवा। ग्रामीण सम्पदा के अधिकांश हिस्से उनके अधिकार में बा। आजो गांव के बहुतो आवादी क उनकरे फैसला ही मने के परेला । जे लोग बारे संस्कृति में रहेलन आ जेकर सांस्कृतिक एवं नैतिक मूल्ल्य ग्रामीण के खातिर अनजान आ भिन्न्य बा।
 |
Bhojpuri Speech |
भारत गांव के देस बा। भारतीय गांव से आकर भिन्य - भिन्य बाटे। काबनो गांव लमहर बा त काबनो गांव छोट बा। अधिकांश ग्रामीण जनता गरीब बाटे। ई लोग अधिकांश किसान आ मजदुर हबे। कुछ ग्रामीण क्षिक्षित एवं धनि भी बाटे। किन्तु उ लोग शहर में बसेलन।
 |
Bhojpuri Speech |
सरकार गांव के विकाश खातिर प्रयास कर रहल बरन। शहर के सुबिधा गांव में करावल जा रहल बा। सर्कार के योजना बा की गांव में लघु उद्योग के अस्थापना कइल जॉव। ग्रामीण विद्यालय पर विषेस ध्यान देल जा रहल बा। लइका आ लईकी के असुबिधा आ आर्थिक सहयोग कइल जा रहलबा। गार्जियन लोग के समझे के चाही की उ आपन लइका लईकी के समय पर तैयार क के स्कूल भेजी। सरक के निर्माण आ मरम्मत करावल जा रहल बा। किसान के आर्थिक सहायता के खातिर सहायता कइल जा रहल बा। इहे ले अब गांव बिकसित हो रहल बा।
 |
Bhojpuri Speech |
एकर बाबजूद भी अभी अधिकांश गांव पछरल बा। गांव में निक डाक्टर आ हॉस्पिटल नइखे। अधिकांश जनता अभी अशिक्षित बाटे। ई आपन अधिकार के न जानेलन आ नहीं सम्झेलन। उ लोग आसानी से ठगल जे रहल बा।
 |
Bhojpuri Speech |
इहे खातिर ग्रामीणों पर अधिक से अधिक धयान देवे के जरुरी बा। उनका के सहायता ईमानदारी पुर्बक करल जाये का चाही। भारतीय गांव के विकास गांव के बस्तिबक विकास होई।
 |
Bhojpuri Speech |
भोजपुरी स्पीच में आने के लिए आपका बहुत बहुत धन्यवाद